इरफ़ान ख़ान
टेम्पलेट:Infobox person इरफ़ान ख़ान (7 जनवरी 1967 – 29 अप्रैल 2020), जिनके खाली इरफ़ान के नाँव से भी जानल जाला[१][२] हिंदी सिनेमा में काम करे वाला एगो भारतीय एक्टर आ प्रोड्यूसर रहलें। बॉलीवुड के अलावा ई कई ब्रिटिश फिलिम सभ में आ हॉलीवुड फिलिम सभ में भी काम कइलें। साल 2011 में भारत सरकार इनका के पद्म श्री से सम्मानित कइलस। इरफान मक़बूल, सात खून माफ, स्लमडाग मिलेनियर, लाइफ इन मेट्रो, द लंच बाक्स, पीकू, तलवार, हिंदी मी़डियम आऊर इंगलिश मीडियम जइसन शानदार फिलिम में काम कइने।
न्यूरो इंडोक्राइन ट्यूमर नामक बीमारी के भइले से 29 अप्रैल 2020 बंबई के कोकिलाबेन अस्पताल में इनकर निधन हो गयल।
जीवनी
प्राथमिक जीवन और शिक्षा
इरफ़ान खान क जन्म राजस्थान में, एक मुस्लिम परिवार में, सईदा बेगम खान और यासीन अली खान के घर पर भयल रहल। उनकर माता पिता टोंक जिले के पास खजुरिया गाँव से रहन आ टायर क कारोबार चलावत रहन।[३][४] इरफान आ उनकर दोस्त सतीश शर्मा क्रिकेट में रहन आऊर बाद में, को सीके नायडू टूर्नामेंट के लिए 23 साल से कम उम्र के खिलाड़ियन के बदे पहिला श्रेणी क्रिकेट में कदम रक्खे के लिए चुनल गयल रहल। दुर्भाग्य से, पइसा के कमी के कारण ऊ टूर्नामेंट में भाग लेवे के लिए ना पहुँचन।[५]
1984 में नई दिल्ली में राष्ट्रीय नाट्य विद्यालय (एनएसडी) में पढ़ाई करे के खातिर छात्रवृत्ति जुटावन और उहें से एक्टिंग में प्रशिक्षण भयल।
निजी जिनगी
23 फरवरी 1995 के, उ फिल्म लेखक और साथी एनएसडी स्नातक सुतापा सिकदर से शादी कईन। उनकर दो बेटा बाटें: बाबिल और अयान। इंडिया टुडे के 2011 में देवल गयल एक साक्षात्कार में सिकदर उनके बारे में कहनी कि, "ऊ हमेशा फोकस्ड रहे न। हमके याद ह कि ऊ घर आके, सीधे बेडरूम जाके किताबें पढ़े लगे न।"[६] 2012 में अपने नाम क अंग्रेजी वर्तनी "Irfan" में बीच में एक अतिरिक्त "R" (आर) बढ़ाके "Irrfan" कय देहन काहें से कि उनके मुताबिक अपने नाम में एक अतिरिक्त र स्वर क ध्वनि पसंद ह।[७]
निधन
इरफ़ान खान क निधन 29 अप्रैल 2020 के मुम्बई क कोकीलाबेन अस्पताल में भयल, जहाँ ऊ बृहदान्त्र संक्रमण से भर्ती रहले। वर्ष 2018 में उनके न्यूरोएंडोक्राइन ट्यूमर (अंत:स्रावी ट्यूमर) क पता चलल, जेकरे बाद ऊ एक साल के लिए ब्रिटेन में इलाज करवन। एक वर्ष क राहत के बाद ऊ फिर से कोलोन संक्रमण क शिकायत से मुम्बई में भर्ती भयल। ए बीच में ऊ आपन फ़िल्म अंग्रेज़ी मीडियम क शूटिंग कईन, जवन उनकर अंतिम फिल्म रहल।[८][९] उनके अंत:स्रावी कैंसर रहल, जवन हॉर्मोन-उत्पादक कोशिका क एक दुर्लभ प्रकार क कैंसर ह।[१०]
प्रमुख फिल्में
टीवी धारावाहिक व डॉक्यूमेंट्री फिल्म
वर्ष | धारावाहिक | चरित्र | टिप्पणी |
---|---|---|---|
1994 | द ग्रेट मराठा | नजीबुद्दौला (रोहिल्ला सरदार) | |
1992 | चाणक्य | सेनापति भद्रसाल |
नामांकन और पुरस्कार
फ़िल्मफ़ेयर पुरस्कार
- 2008 — फ़िल्मफ़ेयर सर्वश्रेष्ठ सहायक अभिनेता पुरस्कार — लाइफ़ इन अ… मेट्रो
- 2004 — फ़िल्मफ़ेयर सर्वश्रेष्ठ खलनायक पुरस्कार — हासिल
नागरिक सम्मान
- 2011 — पद्म पुरस्कार
संदर्भ
बाहरी कड़ी
- ↑ टेम्पलेट:Cite web
- ↑ टेम्पलेट:Cite web
- ↑ टेम्पलेट:Cite news
- ↑ टेम्पलेट:Cite news
- ↑ टेम्पलेट:Citation
- ↑ टेम्पलेट:Cite web
- ↑ टेम्पलेट:Cite news
- ↑ https://www.ndtv.com/entertainment/actor-irrfan-khan-dies-in-mumbai-at-53-2220189
- ↑ https://www.hindustantimes.com/bollywood/irrfan-khan-dies-at-54/story-Hd8s2xZ6uNeqDjgV0sl7zI.html
- ↑ https://www.bbc.com/news/world-asia-india-52468343