इरफ़ान ख़ान

भारतपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

टेम्पलेट:Infobox person इरफ़ान ख़ान (7 जनवरी 1967 – 29 अप्रैल 2020), जिनके खाली इरफ़ान के नाँव से भी जानल जाला[१][२] हिंदी सिनेमा में काम करे वाला एगो भारतीय एक्टर आ प्रोड्यूसर रहलें। बॉलीवुड के अलावा ई कई ब्रिटिश फिलिम सभ में आ हॉलीवुड फिलिम सभ में भी काम कइलें। साल 2011 में भारत सरकार इनका के पद्म श्री से सम्मानित कइलस। इरफान मक़बूल, सात खून माफ, स्लमडाग मिलेनियर, लाइफ इन मेट्रो, द लंच बाक्स, पीकू, तलवार, हिंदी मी़डियम आऊर इंगलिश मीडियम जइसन शानदार फिलिम में काम कइने।

न्यूरो इंडोक्राइन ट्यूमर नामक बीमारी के भइले से 29 अप्रैल 2020 बंबई के कोकिलाबेन अस्पताल में इनकर निधन हो गयल।

जीवनी

प्राथमिक जीवन और शिक्षा

इरफ़ान खान क जन्म राजस्थान में, एक मुस्लिम परिवार में, सईदा बेगम खान और यासीन अली खान के घर पर भयल रहल। उनकर माता पिता टोंक जिले के पास खजुरिया गाँव से रहन आ टायर क कारोबार चलावत रहन।[३][४] इरफान आ उनकर दोस्त सतीश शर्मा क्रिकेट में रहन आऊर बाद में, को सीके नायडू टूर्नामेंट के लिए 23 साल से कम उम्र के खिलाड़ियन के बदे पहिला श्रेणी क्रिकेट में कदम रक्खे के लिए चुनल गयल रहल। दुर्भाग्य से, पइसा के कमी के कारण ऊ टूर्नामेंट में भाग लेवे के लिए ना पहुँचन।[५]

1984 में नई दिल्ली में राष्ट्रीय नाट्य विद्यालय (एनएसडी) में पढ़ाई करे के खातिर छात्रवृत्ति जुटावन और उहें से एक्टिंग में प्रशिक्षण भयल।

निजी जिनगी

23 फरवरी 1995 के, उ फिल्म लेखक और साथी एनएसडी स्नातक सुतापा सिकदर से शादी कईन। उनकर दो बेटा बाटें: बाबिल और अयान। इंडिया टुडे के 2011 में देवल गयल एक साक्षात्कार में सिकदर उनके बारे में कहनी कि, "ऊ हमेशा फोकस्ड रहे न। हमके याद ह कि ऊ घर आके, सीधे बेडरूम जाके किताबें पढ़े लगे न।"[६] 2012 में अपने नाम क अंग्रेजी वर्तनी "Irfan" में बीच में एक अतिरिक्त "R" (आर) बढ़ाके "Irrfan" कय देहन काहें से कि उनके मुताबिक अपने नाम में एक अतिरिक्त स्वर क ध्वनि पसंद ह।[७]

निधन

इरफ़ान खान क निधन 29 अप्रैल 2020 के मुम्बई क कोकीलाबेन अस्पताल में भयल, जहाँ ऊ बृहदान्त्र संक्रमण से भर्ती रहले। वर्ष 2018 में उनके न्यूरोएंडोक्राइन ट्यूमर (अंत:स्रावी ट्यूमर) क पता चलल, जेकरे बाद ऊ एक साल के लिए ब्रिटेन में इलाज करवन। एक वर्ष क राहत के बाद ऊ फिर से कोलोन संक्रमण क शिकायत से मुम्बई में भर्ती भयल। ए बीच में ऊ आपन फ़िल्म अंग्रेज़ी मीडियम क शूटिंग कईन, जवन उनकर अंतिम फिल्म रहल।[८][९] उनके अंत:स्रावी कैंसर रहल, जवन हॉर्मोन-उत्पादक कोशिका क एक दुर्लभ प्रकार क कैंसर ह।[१०]


प्रमुख फिल्में

वर्ष फ़िल्म चरित्र टिप्पणी
2020 अंग्रेज़ी मीडियम लड़की के पिता की मुख्य भूमिका में
2018 कारवां
ब्लैकमेल
2017 करीब करीब सिंगल योगी
हिंदी मीडियम
2013 डी-डे वली खान
द लंच बॉक्स
2011 ये साली ज़िन्दगी अरुण
सात खून माफ़ वासिउल्लाह खान
थैंक यू विक्रम
2010 राईट या राँग विनय पटनायक
हिस्स विक्रम गुप्ता
नोक आउट बच्चू/ टोनी खोसला
2009 एसिड फैक्ट्री काइज़र
बिल्लू बारबर बिल्लू/विलास परदेसी
न्यूयॉर्क रोशन (ऍफ़बीआई ऑफिसियल)
2008 भोपाल मूवी
स्लमडॉग मिलियनेयर पुलिस इंस्पेक्टर
क्रेजी 4 डॉ॰ मुखर्जी
देहली 6
रोड टू लद्दाख शफ़ीक
संडे कुमार
2007 लाइफ़ इन अ… मेट्रो मोंटी
अ माइटी हार्ट
पार्टीशन अंग्रेजी फ़िल्म
मेरीडीयन देवराज
माइग्रेशन अभय
2006 द नेमसेक
द किलर
यूँ होता तो क्या होता
सैनिकुडु तेलुगु फ़िल्म
सिर्फ़ 24 घंटे
मिस्टर 100 %
2005 दुबई रिटर्न
रोग
बुलेट
7½ फेरे मनोज
चेहरा चन्द्रनाथ दीवान
चॉकलेट
गरम
2004 शैडो ऑफ टाइम अंग्रेजी फ़िल्म
आन
चरस
2003 मकबूल मकबूल
हासिल
द बाइपास पुलिस वाला
धुंध अजीत खुराना
फुटपाथ शेख
सुपारी
2002 काली सलवार
गुनाह ए सी पी दिग्विजय पाँडे
बोकशू द मिथ अंग्रेजी फ़िल्म
प्रथा अंग्रेजी फ़िल्म
2001 द वॉरियर
कसूर
2000 घात
1998 सच अ लौंग जर्नी
बड़ा दिन पुलिस इंस्पेक्टर
1997 प्राइवेट डिटेक्टिव इंस्पेक्टर ख़ान
1994 वादे इरादे
1991 एक डॉक्टर की मौत
1990 चाणक्य
दृष्टि राहुल
1989 कमला की मौत अजीत
1988 सलाम बॉम्बे

टीवी धारावाहिक व डॉक्यूमेंट्री फिल्म

वर्ष धारावाहिक चरित्र टिप्पणी
1994 द ग्रेट मराठा नजीबुद्दौला (रोहिल्ला सरदार)
1992 चाणक्य सेनापति भद्रसाल

नामांकन और पुरस्कार

फ़िल्मफ़ेयर पुरस्कार

नागरिक सम्मान

संदर्भ

टेम्पलेट:Reflist

बाहरी कड़ी

टेम्पलेट:Commonscat

टेम्पलेट:Authority control