व्लादिमीर पुतिन

भारतपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

टेम्पलेट:Infobox officeholder व्लादिमीर पुतिन (टेम्पलेट:Lang-rus; जनम 7 अक्टूबर 1952) रूस के राजनीतिक नेता आ 7 मई 2012 से वर्तमान राष्ट्रपति बाड़ें; एह पद प ई एकरे पहिले भी 2000 से 2008 ले रहलें।[१][२][३] राष्ट्रपति के अलावा पुतिन रूस के परधानमंत्री के पद प भी एक बेर 1999 से 2000 ले आ दुसरा बेर 2008 से 2012 ले रहल बाड़ें।

सुरुआती जिनगी

पुतिन के जनम 7 अक्टूबर 1952 के सोवियत यूनियन के रूसी एसएफएसआर के लेनिनग्राद शहर में भइल (जेकरा के अब सेंट पीटर्सबर्ग के नाँव से जानल जाला)। इनके बाबूजी के नाँव व्लादिमिर स्पिरिदोनोविच पुतिन आ महतारी के नाँव मारिया इवानोवा पुतिन (बियाह से पहिले शेलोमोवा) रहल। इनके बाबा स्पिरिदोन पुतिन व्लादिमीर लेनिन आ जोसेफ़ स्टालिन के निजी रसोइया रहलें। पुतिन के जनम तिसरहा लइका के रूप में भइल जबकि इनके बड़ भाई विक्टर के निधन शिशु अवस्था में भ गइल रहल आ अलबर्ट के निधन बालपन में डिप्थीरिया से भ गइल रहे जवना समय दुसरे बिस्व जुद्ध में नाजी जर्मनी द्वारा लेनिनग्राद के घेराबंदी भइल रहे।

पुतिन के महतारी कारखाना में काम करे वाली औरत रहली आ इनके बाबूजी सोवियत नेवी में काम करें जहाँ 1930 के दशक के सुरुआत में ऊ पनडुब्बी बेड़ा के हिस्सा रहलें। दुसरे बिस्व जुद्ध के सुरुआती दौर में ऊ एनकेवीडी नाँव के बिध्वंसक बटालियन के हिस्सा रहलें। बाद में उनके रेगुलर आर्मी में ट्रांसफर हो गइल आ 1942 में उनके गम्हीर चोट आइल। एही दौरान 1941 में पुतिन के नानी के तवेर क्षेत्र के जर्मन कब्ज़ा के दौरान निधन भ गइल आ इनके मामा लोग दुसरे बिस्व जुद्ध में पूरबी मोर्चा पर चल रहल लड़ाई में गायब हो गइल लोग।

1 सितंबर 1960 में पुतिन के पढ़ाई घर के नगीचहीं बास्कोव लेन के 193 नं. इस्कूल में शुरू भइल। पुतिन इस्कूल के कुछे अइसन लगभग 45 गो बिद्यार्थी लोगन में से एक रहलें जे यंग पायोनियर ग्रुप के हिस्सा ना रहल लोग। 12 बरिस के उमिर में पुतिन मार्शल आर्ट के साम्बो आ जूडो सीखे के सुरुआत कइलें। अपना खाली समय में ऊ कार्ल मार्क्स, फ्रेडरिक एंगेल्स आ लेनिन के साहित्य पढ़ें। पुतिन सेंट पीटर्सबर्ग के हाई इस्कूल 281 में जर्मन भाषा पढ़लें आ दुसरी भाषा के रूप में जर्मन भाषी बन गइलें।

लेनिनग्राद स्टेट यूनिवर्सिटी (अब सेंट पीटर्सबर्ग स्टेट यूनिवर्सिटी) से पुतिन कानून के पढ़ाई कइलें आ 1975 में इहाँ से ग्रेजुएट भइलें। एहीजे ऊ सोवियत यूनियन कम्युनिस्ट पार्टी के सदस्य बनलें आ 1991 में एकरे अंत ले एकर सदस्य बनल रहलें। एहिजे पुतिन के मुलाकात अनातोली सोबचाक से भइल जे ओह समय बिजनेस कानून के असिस्टेंट प्रोफेसर रहलें; दुनों लोगन के एक दुसरे पर परभाव पड़ल। टेम्पलेट:Clear

संदर्भ

टेम्पलेट:Reflist

बाहरी कड़ी

टेम्पलेट:Authority control

टेम्पलेट:Bio-stub