अवेंजर्स: इनफिनिटी वार

भारतपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

टेम्पलेट:Infobox film अवेंजर्स: इनफिनिटी वार (Avengers: Infinity War) एगो अमेरिकी एक्शन फिलिम बा जे साल 2018 में रिलीज होखी। मार्वल कॉमिक्स के अवेंजर्स टीम के सुपरहीरो लोग पर आधारित ई फिलिम मार्वल स्टूडियो द्वारा प्रोड्यूस कइल जा रहल बा आ फिलिम के बितरण वाल्ट डिज्नी द्वारा कइल जाई। ई फिलिम 2012 में आइल मार्वल्स दि अवेंजर्स आ 2015 के अवेंजर्स: दि एज ऑफ अलट्रान के सीक्वल के रूप में आई। फिलिम के निर्देशक एंथनी आ जोए रूसो बा लोग आ एकर स्क्रीनप्ले क्रिस्टोफर मार्कस आ स्टीफेन मैकफीली मिल के लिखले बा लोग। फिलिम के मुख्य कलाकार मेंरॉबर्ट ड्यूई जूनियर, जोश ब्रोलिन, मार्क रफालो, टॉम हिडलेस्टन, क्रिस इवांस, क्रिस हेम्स्वर्थ, जेर्मी रेनर, क्रिस प्रैट, एलिजाबेथ ओल्सन, सैबेस्चियन स्तान इत्यादि लोग बा। फिलिम अवेंजर्स: इनफिनिटी वार में अवेंजर्स के टीम आ गार्जियंस ऑफ दि गैलेक्सी के टीम मिल के थानोस के खिलाफ लड़ी, जे इनफिनिटी स्टोन सभ के एकट्ठा क रहल बा।

फिलिम के घोषणा 2014 में अवेंजर्स: इनफिनिटी वार – पार्ट 1 के नाँव से भइल रहे। रूसो भाई लोग अप्रैल 2015 में एकरा के डाइरेक्ट करे आइल आ मई 2015 में मार्कस आ मैकफीली के स्क्रिप्ट लेखक के रूप में साइन कइल गइल। जुलाई 2016 में एकर टाइटिल छोट क दिहल गइल आ अवेंजर्स: इनफिनिटी वार रखल गइल। फिल्मांकन के सुरुआत जनवरी 2017 से भइल आ जुलाई 2017 ले चलल, साथे में एकरे सीक्वल के भी शूटिंग भइल जेकर अभिन ले नाँव नइखे घोषित कइल गइल। फिलिम के अतिरिक्त शूटिंग स्कॉटलैंड, इंग्लैंड, डाउनटाउन अटलांटा आ न्यूयार्क में भइल बा।

अवेंजर्स: इनफिनिटी वार अमेरिका में 4 मई 2018 के आइमैक्स में रिलीज होखे खातिर लाइन में लगावल गइल बा। एकर सीक्वल जेकर अभी नाँव नइखे मालुम 3 मई 2019 के रिलीज होखे खातिर शेड्यूल कइल गइल बा।

टेम्पलेट:Clear

बाहरी कड़ी

टेम्पलेट:Film-stub