कोलंबो नेशनल म्यूजियम

भारतपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

टेम्पलेट:Infobox museum कोलंबो नेशनल म्यूजियम (टेम्पलेट:Lang-en; हिंदी: कोलंबो राष्ट्रिय संग्रहालय) जेकरा के श्री लंका नेशनल म्यूजियम के नाँव से भी जानल जाला। श्री लंका के राजधानी आ सबसे प्रमुख नगर कोलंबो में एगो म्यूजियम बा। ई श्री लंका के सबसे बड़हन म्यूजियम हवे। एकर अस्थापना 1877 में भइल आ एकर रखरखाव के जिम्मेदारी नेशनल म्यूजियम डिपार्टमेंट के हवे। एह अजायबघर में श्री लंका खातिर कई गो बिसेस महत्व के चीज रखल बाड़ीं जे एह देस के सांस्कृतिक आ प्राकृतिक विरासत से जुड़ल बाड़ीं।[१][२]

इतिहास

कोलंबो म्यूजियम, जे एकर पहिले नाँव रहल, 1 जनवरी 1877 के अस्थापित भइल। एकर अस्थापना करे वाला सर विलियम हेनरी ग्रेगरी रहलें जे तत्काल समय में सीलोन (श्री लंका) के गवर्नर रहलें। रॉयल एशियाटिक सोसाइटी के एह चीज के गवर्नर के धियान में ले आवे आ श्री लंका में अइसन म्यूजियम के जरूरत के साबित करे में महत्व वाला योगदान रहल। आर्किटेक्ट जेम्स जॉर्ज स्मिदर (1833-1910) एकर प्लान बनवलें, इटैलियन आर्किटेक्चर इस्टाइल में आ एकर निर्माण के काम 1876 में पूरा भइल।

म्यूजियम के राष्ट्रीय दर्जा मिलल 1940 के बाद पी. ई. पी. देरानियागाला के जमाना में। देरानियागाला लंका के पुराजीवबिग्यानी, जीव बिग्यानी आ कलाकार रहलें। जाफना, कैंडी आ रतनपुरा में नेशनल म्यूजियम के ब्रांच खोलल गइल। पूरा तरीका से एह काम खातिर नेशनल म्यूजियम बिभाग के अस्थापना 1942 में अधिनियम (एक्ट) 31 के तहत एकर अस्थापना भइल आ कुल नौ गो ब्रांच म्यूजियम खुलने।

शामिल चीज

म्यूजियम में शामिल चीजन में तारा के मुर्ती प्रमुख बा जे ब्रिटिश म्यूजियम में रखल तारा के मुर्ती के तीन-चौथाई ऊँचाई के बाटे।[३] कैंडी के राजसिंहासन बाद में एह संग्रह के हिस्सा बनल।

नेशनल म्यूजियम लाइब्रेरी

कोलंबो नेशनल म्यूजियम लाइब्रेरी के अस्थापनो 1 जनवरी 1877 के भइल जेह में 1870 में अस्थापित गवर्नमेंट ओरिएंटल लाइब्रेरी के शामिल क लिहल गइल। 1885 के बाद से क़ानून के तहत देस में हर छपे वाला डाकुमेंट के एह लाइब्रेरी में लॉग कइल जाला।

टेम्पलेट:Clear

इहो देखल जाय

संदर्भ

टेम्पलेट:Reflist

बाहरी कड़ी

टेम्पलेट:Struct-stub