गोटहार्ड बेस सुरंग

भारतपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

टेम्पलेट:Infobox tunnel गोटहार्ड बेस सुरंग (टेम्पलेट:Lang-en) स्विट्ज़रलैंड में आल्प्स पर्वत के नीचे से उत्तरी आ दक्खिनी यूरोप के तेज गति वाली रेल सेवा से जोड़े वाली एगो सुरंग बा जवन 1 जून 2016 से चालू भइल[१] आ दिसंबर 2016 ले पुरा तरीका से काम करे लागी। 57 किलोमीटर लमहर[२] ई सुरंग दुनिया के सभसे लमहर आ सभसे गहिरी परिवहन सुरंग बा[३][४] आ ई रेल लिंक नीदरलैंड्स के रोटरडैम आ इटली के गेनोआ के जोड़ी।

स्विट्जरलैंड के कहनाम बाटे की ई सुरंग यूरोप में माल-परिवहन में एगो क्रांतिकारी क़दम होखी काहें से की अभिन ले एह रास्ता पर सामान के ढोआई लाखन गो ट्रकन से होखत रहल बा बाकिर अब ई सामान एह सुरंग के बन गइले के बाद रेल से ढोआ सकत बाटे। एकरे बनले के बाद से ज़्यूरिख़ आ मिलान के यात्रा में लागे वाला टाइम में एक से दू घंटा चालीस मिनट के कमी आई।[५]

1992 मे स्विट्जरलैंड में जनमत संग्रह करावल गइल आ 64 प्रतिशत लोग जब एह प्रोजेक्ट के सही स्वीकारल तब एकरा के फाइनल मंजूरी दे दिहल गइल। सुरंग के बनावे के सुरुआत 1996 में भइल[६] आ 15 अक्टूबर 2010 के पूरबी सुरंग में ड्रिलिंग के काम पूरा कर लिहल गइ। एह सफलता के एगो समारोह के नियन स्विस टीवी पर लाइव प्रसारण में देखावल गइल[७] आ 23 मार्च 2011 के पच्छिमी सुरंग के ड्रिलिंग भी पूरा भइल। आल्प्सट्रांजिट गोटहार्ड लिमिटेड (AlpTransit Gotthard Ltd.) एकरा के दिसंबर 2016 में स्विस फेडरल रेलवे (SBB CFF FFS) ऑपरेटिंग हालत में सौंप देवे के योजना बनवले रहल[८] बाकी बाद में एह तिथि के बदल के 5 जून 2016 कइ दिहल गइल[९] ताकि निर्माण के साढ़े आठ सौवाँ दिन (850th Day) मनावल जा सके आ एही दिन एकरा के रेलवे के सौंपल जाय। पुरा प्रोजेक्ट के कुल अनुमानित लागत 9.8 अरब स्विस फ़्रैंक, € 8.85 अरब या अमेरिकन डालर में 10.3 अरब[७] आँकल गइल रहल बाकी अंतिम लागत $ 12 अरब डालर से ढेर आइल।[१] आँकड़ा के मोताबिक एह पुरा निर्माण के दौरान नौ लोग के जान गइल।[१०]

बिबरण

गोटहार्ड सुरंगगोटहार्ड बेस सुरंग

टेम्पलेट:Location map many ई बेस सुरंग टेम्पलेट:BDateके लंबाई के साथ दुनिया में सबसे लंबा यातायात सुरंग बाटे[११] आ एकरे दुनों मुहाना के बीच टेम्पलेट:BDateके भूगणितीय दूरी बाटे। उहो तब जब ई समुद्र के लेवल से टेम्पलेट:Convert के अधिकतम ऊंचाई की संघे आल्प्स भा कौनों भी अन्य प्रमुख पर्वत श्रृंखला के निचे से हो के गुजरे वाला पहिला समतल (फ्लैट) मार्ग बाटे। ई दुनिया की सबसे गहिरी यातायात सुरंग भी बन गइल बा काहें की एकर अधिकतम गहराई लगभग टेम्पलेट:BDateबा जवन पृथ्वी पर गहिरा खदान सभ के बाराबर बाटे। वेंटिलेशन के बिना, पहाड़ के अंदर के तापमान टेम्पलेट:Convert ले पहुँच जाला।

टेम्पलेट:Clear

इहो देखल जाय

संदर्भ

टेम्पलेट:Reflist

बाहरी कड़ी