टैंगानिका झील

भारतपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

टेम्पलेट:Infobox lake टैंगानिका झील अफिरका के बिसाल झील सभ में से एक बा। साफपानी वाली झील सभ में, ई दुनिया के दुसरा नंबर के सभसे ढेर पानी वाली झील बाटे आ गहिराई में भी दुसरा नंबर पर बा। खाली बैकाल झील एह दुन्नो मामिला में टैंगानिका से आगे एक नंबर पर बाटे।[१] ई दुनिया के सबसे लमहर साफपानी वाली झील भी हवे। झील कुल चार गो देसवन में पड़े ले – तंजानिया, डेमोक्रेटिक रिपब्लिक ऑफ़ कांगो, बुरुंडी, आ जांबिया। तंजानिया (46%) आ डेरि कांगो (40%) के हिस्सा एह झील में ढेर बाटे। झील से निकसे वाला पानी कांगो नदी से हो के अटलांटिक महासागर में पहुँचे ला।

"टैंगानिका" नाँव के अरथ 'मैदान नियर झील' या 'बिसाल मैदान की तरे फइलल झील' हवे।[२]टेम्पलेट:Rp

भूगोल

टैंगानिका झील अफिरका के पूरबी रिफ्ट घाटी के पच्छिमी शाखा, अल्बर्टाइन रिफ्ट घाटी के अंदर स्थित बाटे आ घाटी के किनारे के पहाड़न से घेराइल बाटे। ई अफिरका के सभसे बड़ रिफ्ट घाटी झील हवे आ पानी के मात्रा के हिसाब से दुनिया के दुसरे नंबर के सभसे बड़ झील भी हवे। ई अफिरका के सभसे गहिरी झील हवे आ सभसे बड़ साफपानी के झील भी हवे, जेह में दुनिया के कुल मौजूद साफ पानी के 18% हिस्सा मौजूद बाटे। ई झील, लंबाई में उत्तर-दक्खिन के टेम्पलेट:Convert लंबाई में आ टेम्पलेट:Convert चाकर बाटे। झील के कुल क्षेत्रफल टेम्पलेट:Convert, आ किनारा टेम्पलेट:Convert लंबा बा, एकर औसत गहिराई टेम्पलेट:Convert आ अधिकतम गहिराई टेम्पलेट:Convert (उत्तरी बेसिन में) बाटे। एह में कुल टेम्पलेट:Convert[३] पानी बाटे। पानी से सतह पर तापमान औसतन टेम्पलेट:ConvertpH औसतन 8.4 बाटे।

बहुत ढेर गहिराई आ उष्णकटिबंधी लोकेशन के कारण झील के पानी के उलटपुलट (टर्नओवर) ना हो पावेला, मतलब ई कि, नीचे के गहिराई में मौजूद पानी के फॉसिल-वाटर कहल जा सके ला आ ई बिना ऑक्सीजन के होखेला। झील के बेसिन, जहाँ ले क पानी एह में गिरे ला, टेम्पलेट:Convert बिस्तार वाला बाटे। दू गो मुख्य नदी एह झील में गिरे लीं आ अउरी कई ठे बहुत छोट-छोट नदी भी गिरेलिन। झील में से लुकूगा नदी बाहर निकले ले आ एकर पानी बहा के कांगो नदी में छोड़े ले।

कीवू झील से आवे वाली रुजीजी नदी, 10,000 साल पहिले अस्तित्व में आइल जवन टैंगानिका में उत्तर के ओर से आ के गिरे ले। दुसरी प्रमुख नदी मालागरासी नदी बा, जे तंजानिया के दूसरी सभसे लमहर नदी हवे, पूरुब ओर से आ के गिरे ले। ई नदी टैंगानिका झील से पुरान हवे आ जब झीलिया ना रहल तब सीधे कांगो नदी में जा के मिले।

झील के लोकेशन उष्णकटिबंध में होखे के कारण बास्पीकरण बहुत होला। एही कारण, कीवू झील से बाहर निकल के आवे वाली रुजीजी नदी के पानी के बहाव पर ई निर्भर बा कि टैंगानिका से पानी बाहर बहे। कीवू झील से रुजीजी के रूप में होखे वाला बहाव बहुत पुरान ना हवे आ लगभग 12,000 साल से ई हो रहल बाटे, जब लावा के जमाव के कारण कीवू के पुरनका, एडवर्ड झील से हो के नील नदी में जाए वाला बहाव बंद हो गइल। झील के प्राचीन किनारा के अध्ययन ई सुझावे ला की टैंगानिका के पुरान लेवल वर्तमान से 300 मीटर नीचे रहल होखी आ पानी के कौनों निकास समुंद्र में ना पहुँचत रहल होखी। इहाँ ले कि एकर वर्तमान निकास भी परमानेंट ना हवे, हो सकेला कि जब 1858 में पच्छिमी लोग एकरा खोज कइल तब ई बहाव न रहल होखे।

समय के अलग अलग दौर में एह झील में पानी के आगम आ निकास दुनों में कुछ अंतर भी रहल हो सके ला। ऊँचाई पर मौजूद रुकवा झील से आगम, मलावी झील ले पहुँच, आ नील नदी में एह झील से पानी के निकास, ई सगरी बात इतिहास में कौनों दौर में होखे के प्रस्ताव बिद्वान लोग द्वारा कइल गइल बाटे।[४]

दीप

टैंगानिका झील में कई ठो दीप बाने, जिनहन में मुख्य-मुख्य के नाँव नीचे दिहल गइल बा:

  • कवाला दीप (कांगो डेमोक्रेटिक रिपब्लिक)
  • माम्बा-कयेंदा दीप (कांगो डेमोक्रेटिक रिपब्लिक)
  • मिलिमा दीप (कांगो डेमोक्रेटिक रिपब्लिक)
  • किबिशाई दीप (कांगो डेमोक्रेटिक रिपब्लिक)
  • मुटोनोव दीप (जांबिया)
  • कुम्बुला दीप (जांबिया)

टेम्पलेट:Clr

संदर्भ

टेम्पलेट:Reflist

बाहरी कड़ी

टेम्पलेट:Commons category

टेम्पलेट:Authority control

  1. टेम्पलेट:Cite web
  2. Stanley, H.M., 1899, Through the Dark Continent, London: G. Newnes, Vol. One ISBN 0486256677, Vol. Two ISBN 0486256685
  3. टेम्पलेट:Cite web
  4. टेम्पलेट:Cite book