लीमा

भारतपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

टेम्पलेट:Infobox settlement लीमा दक्खिन अमेरिका के देस पेरू के राजधानी आ सभसे बड़ शहर बाटे। शिलन, रिमाक आ लुरिन नदिन के घाटी में बसल ई शहर, पेरू के प्रशांत महासागर के तट के बिचला हिस्सा में बाटे।

लीमा के जनसंख्या लगभग 10 मिलियन बाटे आ ई पेरू के सभसे बड़ा शहर होखे के साथे-साथ दुन्नो अमेरिका में तीसरा नंबर के सभसे बड़ा शहर भी बा, साओ पालोमैक्सिको सिटी के बाद।

लीमा के आस्थापना 1536 ई में स्पेनी लोग के द्वारा भइल। इहाँ नई दुनिया (अमेरिका दुनों) के सभसे पुरान इनवर्सिटी सैन मार्कोस राष्ट्रीय विश्वविद्यालय बाटे जवना के आस्थापना पबित्र रोमन साम्राज्य के सम्राट चार्ल्स पाँचवाँ के शाही आदेश से भइल रहे।

लीमा में 1982 के मिस वल्ड प्रतियोगिता के आयोजन भइल। हाल में सन् 2014 में यूनाइटेड नेशंस जलवायु परिवर्तन कॉन्फ्रेंस इहाँ आयोजित भइल।

टेम्पलेट:Clear

संदर्भ

टेम्पलेट:Reflist

बाहरी कड़ी

टेम्पलेट:Commons+cat टेम्पलेट:Wikivoyage