सदाबहार

भारतपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

टेम्पलेट:Taxobox सदाबहार (अंगरेजी आ बैज्ञानिक नाँव: Catharanthus, कैथेरेन्थस) फूलदार पौधा सभ के एगो जाति हवे। एह पौधा सभ में बारहों महीना फूल फुलालें जेकरा चलते इनहना के सदाबहार नाँव दिहल गइल हवे। एह फूल के कुल आठ गो प्रजाति पावल जालीं[१] जिनहन में गुलाबी सदाबहार कैथेरेंथस रोस़स (Catharanthus roseus) बहुतायत से मिले ला। एह आठ गो प्रजाति सभ में से सात गो मैडागास्कर के मूल पौधा हवें जबकि एक ठो कैथेरेंथस पुसिलस (C. pusillus) भारतश्रीलंका के मूल पौधा हवे। एकर अंगरेजी नाँव यूनानी भाषा से आइल हवे जेकर अरथ "शुद्ध फूल" होला।[२] बैज्ञानिक रूप से ई एपोसाइनेसी (Apocynaceae) परिवार के पौधा हवें जेह में विंका जाति के पौधा भी आवे लें। कैथेरेंथसविंका दुनों जाति के कई पौधा सभ के अंगरेजी में आम नाँव पेरिविंकल से भी जानल जाला।[३] खुद गुलाबी सदाबहार के पहिले विंका रोसस के नाँव से विंका जाति में रखल गइल रहे।

पौधा झाड़ीनुमा होला आ फूल पाँच पंखुरी वाला होलें।

इनहन में से कई प्रजाति सभ के जड़ी-बूटी के रूप में इस्तेमाल होला।[४] आधुनिक बैदकी में भी इनहन के इस्तेमाल होला आ करीबन 130 किसिम के एल्केलाइड निकासल जालें जिनहन में दवाई के गुन होला।

प्रजाति[संपादन करीं | स्रोत संपादित करीं]

एह पौधा के कुल आठ गो प्रजाति पावल जाली:[१][५]

  • Catharanthus coriaceus Markgr. – मैडागास्कर
  • Catharanthus lanceus (Bojer ex A.DC.) Pichon – मैडागास्कर
  • Catharanthus longifolius (Pichon) Pichon – मैडागास्कर
  • Catharanthus ovalis Markgr. – मैडागास्कर
  • Catharanthus pusillus (Murray) G.Don. – भारत, श्रीलंका, पच्छिमी हिमालय
  • Catharanthus roseus (L.) G.Don. – (अंगरेजी नाँव: Madagascar periwinkle, old-maid, rosy periwinkle, pink periwinkle) – मैडागास्कर, इटली में प्राक्रितीकरण हो चुकल बा, दक्खिन एशिया, ऑस्ट्रेलिया, अमेरिका देस के दक्खिनी हिस्सा, मध्य अमेरिका क्षेत्र, भारत आ अउरी कई गो समुंद्री दीप सभ पर
  • Catharanthus scitulus (Pichon) Pichon – मैडागास्कर
  • Catharanthus trichophyllus (Baker) Pichon – मैडागास्कर, भारत में सदाबहार या बारहमासी के नाँव से जानल जाला

गैलरी[संपादन करीं | स्रोत संपादित करीं]

इहो देखल जाय[संपादन करीं | स्रोत संपादित करीं]

टेम्पलेट:Clear

संदर्भ[संपादन करीं | स्रोत संपादित करीं]

टेम्पलेट:Reflist

बाहरी कड़ी[संपादन करीं | स्रोत संपादित करीं]

टेम्पलेट:Commons category टेम्पलेट:Wikispecies

टेम्पलेट:जड़ीबूटी टेम्पलेट:Taxonbar

टेम्पलेट:Botany-stub

  1. १.० १.१ Catharanthus. Madagascar Catalogue. eFloras.
  2. Catharanthus. The Jepson eFlora 2013.
  3. Catharanthus. Integrated Taxonomic Information System (ITIS).
  4. टेम्पलेट:Cite book
  5. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named o