हिंदी मीडियम (फिलिम)

भारतपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

टेम्पलेट:Infobox film

हिंदी मीडियम एक ठो भारतीय हिंदी फिलिम बाटे जवना के लेखक जीनत लखानी आ डाइरेक्टर साकेत चौधरी बा लोग। फिलिम में मुख्य भूमिका में इरफ़ान खान आ सबा क़मर बा लोग। ई फिलिम, एक ठो मलयालम फिलिम के रीमेक हवे जवन कि खुद एगो बंगाली फिलिम के रीमेक रहल।[१][२][३]

फिलिम पहिले 12 मई 2017 के रिलीज होखे वाली रहल[४] बाकी कुछ कारन से 19 मई 2017 के रिलीज भइल।[५]

कहानी

फिलिम के कहानी एक ठो आम परिवार के ऊपर बा जेह में लड़िकन के महतारी-बाप लोग मेट्रो-शहर में बढ़ियाँ इस्कूल में दाखिला करवावे खातिर परेशान बा। ई ओह लोग खातिर आँख खोले वाला बा जे लोग सोचे ला कि अंगरेजी भाषा में हर चीज में सफलता के चाभी छिपल बा।

समाज के अन्य पहलू भी देखावल गइल बा जहाँ गरीब आदमी आ ओकर बाल-बच्चा लोग अपने में मगन बा आ एक दुसरे के साथ सुख-दुःख साझा क के एक दुसरा के ख्याल रखत बा जबकि धनी परिवार के लड़िकन के खाली इहे सिखावल जाला कि ई बिचार गरीब लोग के साथ सहानुभूति देखावे ले सीमित बा।

फिलिम एह संदेस के साथ ख़त्म होले कि पढ़ाई आ शिक्षा के मूल मकसद बढ़ियाँ ब्यक्ति के निर्माण कइल हवे।

एक्टर कलाकार

  • इरफ़ान ख़ान
  • सबा क़मर
  • दीपक डोबरियाल
  • स्वाती दास
  • दिशिता सहगल
  • दिलज़ाद हिवाले
  • जसपाल शर्मा
  • विजय कुमार डोगरा
  • देवांश शर्मा (स्पेशल अपीयरेंस)
  • रोहित टन्नन
  • खुशबू शर्मा


रिलीज

19 मई 2017 के ई फिलिम पूरा दुनिया में रिलीज भइल।[६]हिंदी मीडियम के गुजरात में 'टैक्स फ्री' कइल गइल आ साथे-साथ महाराष्ट्र में भी।[७][८]

बिबाद

नंदिता रॉय आ शिबोप्रसाद मुखर्जी के 2014 में रिलीज भइल बंगाली फिलिम रामधनु के साथ एह फिलिम के बहुत समानता बाटे।[९]

साउंडट्रैक

टेम्पलेट:Infobox album फिलिम क संगीत सचिन-जिगर द्वारा दिहल गइल बा आ गीत लिखे के काम प्रिया सरैया आ कुमार के बा। अमर मोहिले एह में बैकग्राउंड स्कोर दिहले बाने। पूरा म्यूजिक के रिलीज 21 अप्रैल 2017 के भइल। पूरा फिलिम में पाँच गो गाना बाड़ें।[१०] The music rights are acquired by T-Series.[११][४] टेम्पलेट:Tracklist

इहो देखल जाय

संदर्भ

टेम्पलेट:Reflist

बाहरी कड़ी


टेम्पलेट:Film-stub