ट्रांसफार्मर्स सीरीज

भारतपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

टेम्पलेट:Infobox film ट्रांसफार्मर्स फिलिम सीरीज अमेरिकी साइंस फिक्शन फिलिम सभ के एक ठो सीरीज बाटे जे हैशब्रो आ टॉमी नाँव के कंपनी के बनावल खेलवना सभ के ले के गढ़ल गइल कहानी पर आधारित बाटे। एह सीरिज के डाइरेक्टर माइकल बे बाने आ अबले एह सीरीज में ट्रांसफार्मर्स (2007), रिवेंज ऑफ दि फालेन (2009), डार्क ऑफ दि मून (2011) आ एज ऑफ एक्सटिंक्शन (2014) आ चुकल बाड़ी स।[१][२][३] एह सीरीज के अगिला फिलिम, दि लास्ट नाइट 21 जून 2017 के रिलीज होखे वाला बा। माइकल बे के अनुसार ई एह सीरिज के आखिरी फिलिम होखी।

हालाँकि, एह सीरीज के एक ठो पात्र (करेक्टर) बंबलबी के ले के ट्राविस नाइट नाँव के एनिमेशन फिलिम बनावे वाला डाइरेक्टर के फिलिम साल 2018 में आ एगो छठवीं फिलिम 2019 में आई।

एह सीरीज के डिस्ट्रीब्यूटर पैरामाउंट पिक्चर्स आ ड्रीमवर्क स्टूडियो बाने।

फिलिम सभ

ट्रांसफार्मर्स: दि लास्ट नाइट

टेम्पलेट:Main

ट्रांसफार्मर्स: दि लास्ट नाइट जून 2017 में आवे वाली फिलिम बा जे एह सीरीज के पाँचवीं फिलिम बाटे आ साल 2014 में रिलीज भइल फिलिम ट्रांसफार्मर्स: एज ऑफ एक्सटिंक्शन के सीक्वल हवे। मुख्य भूमिका में मार्क वालबर्ग आ स्टैनली तूसी बा लोग। ई फिलिम 21 जून 2017 के पैरामाउंट पिक्चर्स द्वारा 2D, 3D, आ IMAX 3D फारमेट में रिलीज कइल जाई।

संछेप में कहानी ई बा कि, आप्टिमस प्राइम के नामौजूदगी में मानव प्रजाति आ ट्रांसफार्मर सभ के बीच में जुद्ध छिड़ जाला। आपन दुनिया के बचावे खातिर केज यीगर एक ठो एलायंस बनावे लें, बंबलबी के साथ। आक्सफोर्ड इन्वर्सिटी के प्रोफेसर आ खगोलशास्त्री ई जाने के कोसिस करत बाने कि ट्रांसफार्मर सभ काहें बेर-बेर धरती पर आवत रहे लें।

टेम्पलेट:Clear

संदर्भ

टेम्पलेट:Reflist

टेम्पलेट:Film-stub