पाकिस्तान

भारतपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

टेम्पलेट:Infobox country पाकिस्तान चाहे पाकिस्तान इस्लामी गणतंत्र दक्खिन एशिया में एगो देस बा। 14 अगस्त 1947 के बँटवारा के बाद पाकिस्तान के जन्म भइल। ई से पहिले पाकिस्तान भारत के हिस्सा रहल। पाकिस्तान एगो मुस्लिम प्रधान देश ह। पाकिस्तान के राजधानी इस्लामाबाद ह आ अहिजा के अधिकारिक भाषा उर्दू ह।

इतिहास

टेम्पलेट:मुख्य टेम्पलेट:खाली खंड

भूगोल

टेम्पलेट:मुख्य

लोकेशन आ बिस्तार

पाकिस्तान भारत के उत्तर-दक्षिण कोन पर स्थित बा। पाकिस्तान से भारत के सटल राज्य बाने: जम्मु कश्मीर, पंजाब, राजस्थानगुजरात। पाकिस्तान के दक्षिण में अरब सागर आ उत्तर में अफगानिस्तान स्थित बा। कुछ मामला में पाकिस्तान के विवादित क्षेत्र (जे पर भारत अधिकार जनावेला) से चीन भी सटल बा।

सरकार आ प्रशासन

प्रशासनिक बिभाजन

टेम्पलेट:खाली खंड

अर्थब्यवस्था

पाकिस्तान के बिकाससील देस मानल जाला[१][२] आ ई, ब्रिक देस सभ के साथे, अगिला इगारह गो देस सभ में आ जाई अइसन संभावना बा जे इगारह देस सभसे 21वीं सदी में सभसे धनी देस होखिहें, मने कि बड़ अर्थव्यवस्था होखिहें।[३] हाले के सालन में, लगभग एक दशक के सामाजिक उठा-पटक के बाद, टेम्पलेट:As of, कई किसिम के मैक्रोइकोनामिक डिसबैलेंस के बाद, कुछ सेक्टर में बढ़ियां पर्पार्मेंस रहल बा जइसे कि रेलवे परिवहन आ बिजली के उत्पादन एह में गिनावल जा सके लें।[४] अर्थब्यवस्था के सेमी-इंडस्ट्रियलाइज कटेगरी में गिनल जाला, जबकि कई गो इंडस्ट्रियल केंद्र सभ सिंधु नदी के सहारे अस्थापित बाड़ें।[५][६][७] कराची के आ पंजाब के शहरी केंद्र सभ में बिबिध किसिम के इंडस्ट्री के बिकास भइल बाटे जबकि बलूचिस्तान नियर कम बिकसित इलाका सभ में उद्योग सभ के बिकास बहुते कम भइल बा।[६] इकोनामिक काम्प्लेक्सिटी इंडेक्स के मोताबिक, पाकिस्तान 67वाँ-सभसे बड़ अर्थब्यवस्था बा एक्सपोर्ट इकोनामी के रूप में, जबकि काम्प्लेक्स इकोनामी के हिसाब से एकर अस्थान 106वाँ बाटे।[८] बित्तीय साल 2015–16 में, पाकिस्तान के एक्सपोर्ट US$20.81 बिलियन रहल आ आयात US$44.76 बिलियन दर्ज कइल गइल, मने कि कुल ब्यापार बैलेंस नकारात्मक रहल US$23.96 बिलियन के बरोबर।[९]

समाज आ संस्कृति

पाकिस्तान में सिविल सोसाइटी बहुत हद तक कई स्तर में बँटल बा आ लोकल सांस्कृतिक तहजीब आ परंपरागत इस्लामी रिवाज द्वारा निजी आ सामाजिक-राजनीतिक जिनगी निर्धारित होला। परिवार के मूलभूत इकाई संजुक्त परिवार होलें, हालाँकि बदलत सामाजिक-आर्थिक कारण से अब एकल परिवार के ओर बढ़ती के रुझान देखल जा रहल बाटे। लोगन के परंपरागत पहिनावा सलवार-कमीज रहे आ ट्राउजर, जींस, शर्ट आ टीशर्ट मरदाना लोग में पापुलर बा। हाल के दशक में, मिडिल क्लास में बढती भइल बा आ एह बर्ग के लोगन के संख्या ३५ मिलियन के करीब हो गइल बा जबकि ऊपरी आ ऊपरी-मिडिल क्लास के संख्या लगभग १७ मिलियन बा, पावर अब देहाती जमींदार लोग से हट के शहरी उच्चबर्ग के लोग में आ रहल बा। पाकिस्तानी तिहुआर सभ में ईद-उल-फ़ित्र, ईद-उल-अजहा, रमजान, क्रिसमस, ईस्टर, होली, दिपावली इत्यादि धार्मिक तिहुआर प्रमुख बाने।

टेम्पलेट:Clear

नोट


संदर्भ

टेम्पलेट:Reflist