रानी चटर्जी

भारतपीडिया से
Jump to navigation Jump to search

टेम्पलेट:Infobox person रानी चटर्जी एक ठो भारतीय ऐक्ट्रेस बाड़ी जे मुख्य रूप से भोजपुरी सिनेमा में काम करे खातिर जानल जाली। उनके भोजपुरी फिलिम ससुरा बड़ा पइसा वाला से परसिद्धि मिलल, जेह में ऊ मनोज तिवारी के साथ काम कइली। एकरे अलावा उनके कुछ परसिद्ध फिलिम सभ में सीता, देवरा बड़ा सतावेलारानी नं॰ 786 बाड़ी सऽ।[१]

कैरियर

रानी चर्टजी के जनम मुंबई में भइल आ एहीजे पलल-बढ़ल हई।[२] चटर्जी आपन भोजपुरी फिलिम कैरियर के सुरुआत ससुरा बड़ा पइसा वाला से कइली। फिलिम हिट रहल आ एकरा के कई गो अवार्ड भी मिललें।

अपना फिलिमी कैरियर के सुरुआत के तेरह साल बाद भी, चटर्जी भोजपुरी फिलिम इंडस्ट्री में अभिन ले नमर एक पर बाड़ी आ खुद अपना दम प फिलिम हिट करावे के क्षमता राखत बाड़ी जे अभी अउरी कौनों भोजपुरी हिरोइन में नइखे। चटर्जी के कहनाम बा कि नमर एक के पोजीशन खाती उनका के खुद से खतरा बुझाला कि जहिया मेहनत कइल बंद क देब तहिया हमरा खतरा हो जाई।[३]

हाल में रानी चटर्जी एक्टिंग के साथे-साथ गायकी के ओर भी बढ़ चलल बाड़ी आ एगो फिलिम खातिर अपना आवाज में दू गो गाना रिकार्ड करवले बाड़ी।[४]

चुनल गइल फिल्मोग्राफी

साल फिलिम भाषा
2004 ससुरा बड़ा पइसा वाला भोजपुरी
2005 बंधन टूटे ना भोजपुरी
2006 दमाद जी भोजपुरी
2007 सीता भोजपुरी
2009 तोहार नइखे कवनो जोड़ तू बेजोड़ बाड़ू हो भोजपुरी
2010 देवरा बड़ा सतावेला भोजपुरी
2011 दिलजले भोजपुरी
2011 छैला बाबू भोजपुरी
2011 फूल बनल अंगार भोजपुरी
2012 गंगा यमुना सरस्वती भोजपुरी
2013 नागिन भोजपुरी
2013 रानी नं॰ 786 भोजपुरी
2014 इंस्पेक्टर चाँदनी भोजपुरी
2014 रानी चली ससुराल भोजपुरी
2014 राउडी रानी भोजपुरी
2014 शेरनी भोजपुरी
2014 प्रेम दीवानी भोजपुरी
2014 चाँदनी भोजपुरी
2014 एक लैला तीन छैला भोजपुरी
2015 दिल दीवाना माने ना भोजपुरी
2015 दिल और दीवार भोजपुरी
2015 माई के करज भोजपुरी
2015 दुलारा भोजपुरी
2015 जानम भोजपुरी
2016 शिव रक्षक भोजपुरी

अवार्ड आ पुरस्कार

बिहार के पटना में आयोजित छठवाँ भोजपुरी फिलिम अवार्ड (2013) में रानी चटर्जी के साल के बेस्ट ऐक्ट्रेस के अवार्ड मिलल, ई फिलिम नागिन में उनके रोल खातिर दिहल गइल।[५] साल 2015 में मारीशस में आयोजित एगो फिलिम समारोह में रानी चटर्जी के "सभसे पापुलर ऐक्ट्रेस" के अवार्ड दिहल गइल।[६]

इहो देखल जाय

संदर्भ

टेम्पलेट:Reflist